मनोरंजन

गजल (भोजपुरी) – श्याम कुंवर भारती

ढेर दिनन बाद मिलल बाड़ा

तू फूल गुलाब खिलल बाड़ा ।

 

केवन बात बा तोहरा मे बोला।

रूप शराब जईसन पियल बाड़ा ।

 

मस्त बयार सब हमसे पूछले,

गंध बदन मंद पवन मिलल बाड़ा ।

 

दिल क हाल का तोहके बताई।

हमसे पूछा कि कईसे जियल बाड़ा ।

 

कबो सोचा हमरे बारे फुर्सत में।

पता चली भारती प्यार डुबल बाड़ा

– श्याम कुंवर भारती ( राजभर)

बोकारो,झारखंड,मॉब.9955509286,

Related posts

डिप्लोमा वेटरनरी एसोसिएशन हरियाणा: 1016 दिनों से संघर्ष जारी, कब मिलेगा न्याय? – प्रियंका सौरभ

newsadmin

मित्रता – सुनील गुप्ता

newsadmin

तेरे दरबार में आकर खुशी से फूल जाता हूं – अशोक गोयल

newsadmin

Leave a Comment