मनोरंजन

गजल (भोजपुरी) – श्याम कुंवर भारती

ढेर दिनन बाद मिलल बाड़ा

तू फूल गुलाब खिलल बाड़ा ।

 

केवन बात बा तोहरा मे बोला।

रूप शराब जईसन पियल बाड़ा ।

 

मस्त बयार सब हमसे पूछले,

गंध बदन मंद पवन मिलल बाड़ा ।

 

दिल क हाल का तोहके बताई।

हमसे पूछा कि कईसे जियल बाड़ा ।

 

कबो सोचा हमरे बारे फुर्सत में।

पता चली भारती प्यार डुबल बाड़ा

– श्याम कुंवर भारती ( राजभर)

बोकारो,झारखंड,मॉब.9955509286,

Related posts

हिंदी कविता – रेखा मित्तल

newsadmin

जन औषधि सप्ताह के संदेश को घर घर पहुंचाते लोक कलाकार सुनील सरला – कुमार कृष्णन

newsadmin

युगों से नारी – जसप्रीत कौर

newsadmin

Leave a Comment