मनोरंजन

श्री गणेश (भोजपुरी भजन) – श्याम कुंवर भारती

 

पहिला पूजनवा होखेला तोहार ये गणनायक देवता।

हथिया के सूंड पावला मूस पर सवार ये गणनायक देवता।

 

जहां जाला उन्हा सब विघ्न बाधा दूर होई जाला।

शुभ लाभ होला किरपा रिद्धि सिद्धि जरूर होई जाला।

करी हम भगती तोहरो करा पूजा स्वीकार ये गणनायक देवता।

पहिला पूजनवा……………।

 

चमचम चमके मुंहवा होला सगरो अंजोरिया।

दूर करा दुख हमरो इहे हमरो बा निहोरिया ।

मुरती बैठाई घरवा सजाई पूजे सब  संसार ये गणनायक देवता।

पहिला पूजनवा………..।

 

घिउवा के दिया लड्डू फल फूल नारियर तोहके सभ चढ़ावेला ।

पूजी के चरणीया लोगवा श्रीगणेश तोहके मानवेला।

सुख शांति मिले सबके करा तनी विचार ये गणनायक देवता।

पहला पूजनवा होखेला तोहार ये गणनायक देवता।

– श्याम कुंवर भारती (राजभर), बोकारो,

झारखण्ड  मॉब.9955509286

Related posts

मेरी कलम से – डा० क्षमा कौशिक

newsadmin

भक्ति का मजाक, गरबे में बढ़ती अश्लीलता – मुकेश कबीर

newsadmin

संगम नगरी में कवि संगम त्रिपाठी का सम्मान

newsadmin

Leave a Comment