मनोरंजन

भोजपुरी कन्यादान विवाह गीत – श्याम कुंवर भारती

हरियर बंसवा के बाबा हो मड़वा छवाई दिहला।
केवन कसूर बेटी के पराई कईला
बाबा हो काहे कन्यादान कइला ना।

छूटी जइहे सब सखियां सहेलियां
अंखियां से लोर हमके रोवाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……….।

छोटी मोटी रहली बाबा तोहरे गोदिया में खेलली ।
हमके दूअरा अब छोड़वाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……..।

माई के गोदिया दुलार याद हमके आई,
भईया धनवा के लावा छींटाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……….।

जांघिया पर बइठाई हथवा दामाद के थमावत बाड़ा।
अंखियां के पुतरी बाबा हो बिसराई दिहला ना ।
केवन कसूर बेटी के पराई कइला ना।
-श्याम कुंवर भारती( राजभर)
बोकारो, झारखंड मॉब.9955509286

Related posts

हिंदी ग़ज़ल – जसवीर सिंह हलधर

newsadmin

दिल दुखाना नहीं चाहिए – अनिरुद्ध कुमार

newsadmin

आया काल कपाल – डॉo सत्यवान सौरभ

newsadmin

Leave a Comment