मनोरंजन

भोजपुरी कन्यादान विवाह गीत – श्याम कुंवर भारती

हरियर बंसवा के बाबा हो मड़वा छवाई दिहला।
केवन कसूर बेटी के पराई कईला
बाबा हो काहे कन्यादान कइला ना।

छूटी जइहे सब सखियां सहेलियां
अंखियां से लोर हमके रोवाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……….।

छोटी मोटी रहली बाबा तोहरे गोदिया में खेलली ।
हमके दूअरा अब छोड़वाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……..।

माई के गोदिया दुलार याद हमके आई,
भईया धनवा के लावा छींटाई दिहला ना।
केवन कसूर बेटी के ……….।

जांघिया पर बइठाई हथवा दामाद के थमावत बाड़ा।
अंखियां के पुतरी बाबा हो बिसराई दिहला ना ।
केवन कसूर बेटी के पराई कइला ना।
-श्याम कुंवर भारती( राजभर)
बोकारो, झारखंड मॉब.9955509286

Related posts

व्यवस्था सुधार का अगला पड़ाव-समान नागरिक संहिता- डॉ. सुधाकर आशावादी

newsadmin

ग़ज़ल – रीता गुलाटी

newsadmin

महिला मेयर प्रत्याशी सुलोचना के पक्ष में महिलाओं, पूर्व सैनिकों ने बनाया माहौल

newsadmin

Leave a Comment