मनोरंजन

भोजपुरी पूर्णिका (जी जर गइल) – श्याम कुंवर भारती

दर्द देवे वाली सुनीला, हमार प्यार से जी जर गइल।

जिंदा हई मगर मानिला, आशिक तोहार अब मर गइल।

 

चैन आवे ना दिन में कही, रात नींद भी ना आवे कबो।

हमरे आंख आंसू से देखा,सगरो बाढ़ बह भर गइल।

 

कइली तोहसे मोहब्बत त का गुनाह हो गइल हमसे।

चढ़ा दा फांसी तु हमके मगर,लोग कही आशिक गुजर गइल।

 

जबले देखी ना तोहके सब सुना दुनिया बेगाना लगे ,

जोहत तोहके आज ले मगर,सुख पानी नजर गइल।

हमार प्यार से जी भर गइल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो, झारखण्ड

Related posts

सुव्रत डे प्रेरणा हिंदी सभा के संरक्षक मनोनीत – संगम त्रिपाठी

newsadmin

पारिवारिक, व्यक्तिगत बाधाओं के निवारणार्थ अचूक सफल प्रयोग – ब्रह्मर्षि वैद्य पंडित नारायण शर्मा कौशिक

newsadmin

शरद पूर्णिमा – सुनील गुप्ता

newsadmin

Leave a Comment