मनोरंजन

भोजपुरी गजल – श्याम कुंवर भारती

दिल के बदले यार ना मिलल ।

थक गईली फूल प्यार ना खीलल।

 

मुस्कान पर तोहरे मर गइली हम।

लूट गइली पर यार ना मानल।

 

रुपवा तोहार जईसे चान के अंजोरिया।

दिल देके भईल मुश्किल बा जियल।

 

बरछी कतार तोहार तिरछी नजरिया।

नजर के नशा लगे शराब के पियल।

 

हीया से लगाके बना ला मोहे सजना।

सजा बड़ा बा दिल के लिह्lल ओरी दिहल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो झारखंड

Related posts

जिद है जीतने की – सुनील गुप्ता

newsadmin

जिंदगी सस्ती नहीं है – अनिरुद्ध कुमार

newsadmin

गीत – जसवीर सिंह हलधर

newsadmin

Leave a Comment