मनोरंजन

भोजपुरी गजल – श्याम कुंवर भारती

दिल के बदले यार ना मिलल ।

थक गईली फूल प्यार ना खीलल।

 

मुस्कान पर तोहरे मर गइली हम।

लूट गइली पर यार ना मानल।

 

रुपवा तोहार जईसे चान के अंजोरिया।

दिल देके भईल मुश्किल बा जियल।

 

बरछी कतार तोहार तिरछी नजरिया।

नजर के नशा लगे शराब के पियल।

 

हीया से लगाके बना ला मोहे सजना।

सजा बड़ा बा दिल के लिह्lल ओरी दिहल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो झारखंड

Related posts

खामोशियां – सुनीता मिश्रा

newsadmin

गीतिका – मधु शुक्ला

newsadmin

परमात्मा का नाम जपने वाले ही सबसे ऊंचे: श्री गुरु गोविंद सिंघ – माधव दास ममतानी

newsadmin

Leave a Comment