मनोरंजन

भोजपुरी गीत – श्याम कुंवर भारती

नायक दिलवा चुरवले बाड़ू ,अंखियां मिलवले बाड़ू ।

आके हमरे दिलवा में हल्ला मचवले बाड़ू ।

 

आजा गोरी तोहके बतिया दिलवा बताई,

करबु हमसे प्यार की देबू हमके भगाई।

 

नायिका_ पिया प्यार में हमके तू बड़ा तड़पावेला।

रतिया दिनवा तू याद बड़ा आवेला।

 

समझा मजबूरी गोरी आके तनी समझा जा।

प्यार बरसावा तनी घनघोर आवे तनी मजा

करा सराबोर तनी ताजा।

नायिका _ नजरिए में होला बड़ा बरखा सही ला बड़ा सजा ।

 

नायक _ पीरीतिया के रीत गोरी हम हरदम निभाईंब।

जाई चाहे जान सुना मोर जान हम ना भुलाईब।

 

नायिका _  दुनिया में तोहसे खाली हम दिलवा लगवली।

जिनगी के संगी पिया खाली तोहके हम बनवली।

 

नायक _ अखियां चोरवले बांडू ,मुंहवा  लुकवले बाड़ू ।

जीयरा जरवले बाड़ू ,रूपवा ना दिखवले बाड़ू ।

दिलवा में का बा बोल के तनी हमके समझा जा।

गरवा लगा जा हमके आपन बना जा ।

 

नायिका _ बसी जा हमरे अंगवा में पोर पोर मोर राजा।

होखे ना केवनो ओर छोर ये राजा

नजरिए ने होला बड़ा बरखा सहिका बड़ा सजा ।

– श्याम कुंवर भारती (राजभर ), बोकारो,झारखंड

मॉब.9955509286

 

Related posts

नवतपा (नौतपा) – सुनील गुप्ता

newsadmin

ऐसे ना करें कुर्बानी हम – गुरुदीन वर्मा आज़ाद

newsadmin

राष्ट्रीय हिन्दू संघ ने बांग्लादेशी हिंदुओ पर अत्याचार को लेकर किया प्रदर्शन

newsadmin

Leave a Comment