मनोरंजन

भोजपुरी गजल – श्याम कुंवर भारती

बिहार उहे बाकी लोग उहे मंत्री औरी उहे सरकार का भइल।

मुखिया नीतीश उप मुख्य मंत्री उहे चुनाव के दरकार का भइल।

 

दस बार शपथ ग्रहण बीस साल से एके सुशासन सरकार बा।

बाकी पार्टी सब हवा भइल केहू कहा गइल एह बार का भइल।

 

विकास के पहिया भागी का बेरोजगारन के नोकरी लागी का।

गुंडन के एनकाउंटर बुलडोजर क धक्का जोरदार का भइल।

 

बाढ़ सुखाड़ रुकी खेती किसानी बढ़ी पलायन के कुछ होई का।

शिक्षा स्वस्थ महिला के योजना गरीबन के रोजगार का भईल।

 

बन होई दंगा फसाद चक्का जाम अगजनी हमरो बुझात बा।

घुसपैठी जात पांत मजहबी झगड़ा रोके  खबरदार का भइल।

 

चालू रही शराब बंदी खूब लागी मेला मंडी लहरी बिहारी झंडी।

बढ़ी गौरव बिहार जोड़ी मोदी नीतीश बड़ा असरदार का भइल।

– श्याम कुंवर भारती (राजभर), बोकारो, झारखंड, .9955509286

Related posts

माता – कर्नल प्रवीण त्रिपाठी

newsadmin

मदन ! इतना बतलाओ – अनुराधा पाण्डेय

newsadmin

साहिब ! – त्रिशिका धरा,

newsadmin

Leave a Comment