मनोरंजन

कहवा रे मारले ना (भोजपुरी गीत) – श्याम कुंवर भारती

कहवा मारले ड्रोनवा कहवा मरले बमवा कहवा रे मरले ना,
ननदी भारत हो मिसइलिया।
कहवा रे मारले ना।

चुनी चुनी मारले भौजी पाकिस्तान में द्रोणवा
बमवा मारले आतंकी ठिकनवा ,
दागी हो दिहले ना भौजी घातक मिसाइलिया।
उहवा रे मारले ना।

बड़ा रे सहकल रहे थेथर पाक हुक्मरनवा।
बेरी बेरी घुसी आवे वैरी सीमा से अन्दरवा।
हिंद के जवान उड़वले घुसी उनकर ऊंची रे महलिया ।
कहवा रे मारले ना।

साफ होई जाई ननदी अबकी दुश्मन के निशनवा।
टुकड़ा टुकड़ा टूटी जाई ननदी पापी पाकिस्तनवा।
अकसवा में मारी गिरावे भारत दुश्मन के मिसाइलिया ।
कहवा रे मारले ना।
– श्याम कुंवर भारती, बोकारो

Related posts

कविता – अशोक यादव

newsadmin

भगवान – सुनील गुप्ता

newsadmin

खिचड़ी – सुनील गुप्ता

newsadmin

Leave a Comment