मनोरंजन

भोजपुरी ठुमरी लोक गीत – श्याम कुमार भारती

सावर सवरीया दिल के बतिया ना बुझे,

रास रसिया दिल दगा दे के गइल।

 

कहला राधा बाडू तू जनवा हमार,

रुक्मिणी के संगवा भइल प्रेमवा तोहार,

हमके निरदइया रुला के गइल।

रास रसिया दिल दगा……….।

 

खइला झूठी कसम काहे तु छलिया  हमार,

गईला जबसे लिहला ना कबो सुधिया हमार,

सईयां निरदइया हमके नचनी नचा के गइल।

रास रसिया दिल दगा ……………….।

 

कइली सोरहो सिंगार बरसे सावन के फुहार,

कलपे जीयरा हमार धोआला कजरा हमार,

श्याम घतीया हमके बुझनी बुझा के गइल।

रास रसिया दिल दगा देके गइल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो, झारखंड,

मोब.9955509286

Related posts

क्या करूँ? – सम्पदा ठाकुर

newsadmin

सत्ता, शहादत और सवाल: जलियांवाला बाग की आज की प्रासंगिकता – डॉ सत्यवान सौरभ

newsadmin

बसंत पंचमी – कर्नल प्रवीण त्रिपाठी

newsadmin

Leave a Comment