मनोरंजन

भोजपुरी गीत – श्याम कुंवर भारती

तोहरे खातिर अईली माई लेके अड़हुल फूल।

लैला तू पूजनिया आपन सेवा करा मोर कबूल।

 

फुलवा के डलियां से मलिया हरवा बनवले।

गुंथी गुंथी बेलिया से तोर असनिया सजवले।

देदा माई हमके आपन तू चरनिया के धुल ।

लै ला तू पुजनिया………………….।

 

सभकर बाडू जइसे वइसे हमरो  हऊ महतारी ।

सुघर रूपवा तोहरो हरदम माई हम निहारी।

भइल होखें यदि हमसे माफ करा मोर भूलl

ले ला तु पुजनिया…………………..।

 

जगवा में हऊ काली सबसे तु ही शक्तिशाली।

दया के सागर ममता के मूरत माई खप्परवाली।

भगत भारती के दे दा ये माई किरपा बहुलl

ले ला तु पुजनिया आपन सेवा करा मोर कबूल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो, झारखंड

Related posts

हर्षोल्लास के साथ मनाया विश्वकर्मा जन्मोत्सव

newsadmin

दोहे — कर्नल प्रवीण त्रिपाठी

newsadmin

पदोन्नत प्रधानाचार्य के वेतन निर्धारण पर संगठन ने जताई खुशी

newsadmin

Leave a Comment