मनोरंजन

भोजपुरी पूर्णिका (जी जर गइल) – श्याम कुंवर भारती

दर्द देवे वाली सुनीला, हमार प्यार से जी जर गइल।

जिंदा हई मगर मानिला, आशिक तोहार अब मर गइल।

 

चैन आवे ना दिन में कही, रात नींद भी ना आवे कबो।

हमरे आंख आंसू से देखा,सगरो बाढ़ बह भर गइल।

 

कइली तोहसे मोहब्बत त का गुनाह हो गइल हमसे।

चढ़ा दा फांसी तु हमके मगर,लोग कही आशिक गुजर गइल।

 

जबले देखी ना तोहके सब सुना दुनिया बेगाना लगे ,

जोहत तोहके आज ले मगर,सुख पानी नजर गइल।

हमार प्यार से जी भर गइल।

– श्याम कुंवर भारती, बोकारो, झारखण्ड

Related posts

राष्ट्र भाषा हिंदी भाषा हो – टी. एस. शान्ति

newsadmin

कविता (प्राणाधिक) – अनुराधा पांडेय

newsadmin

कब कटनिया करबा ना (भोजपुरी) – श्याम कुंवर भारती

newsadmin

Leave a Comment