मनोरंजन

भोजपुरी कजरी गीत – श्याम कुँवर भारती

अरे रामा छोड़िके हमरा कहाँ तुहु जइबा,

बरसे आँख हमारी ये हरी।

 

नेहिया के मातल तोहार परान पियारी,

तोहरे बिना पिया दिन कइसे गुजरी,

अरे रामा धक -धक धड़केले छतिया,

जान अब जाई ये हरी।

 

सबके सजन अपना सजनी संग रहेले,

तू हमार रानी हम तोहार राजा कहेले,

अरे रामा जनी जा तू परदेशवा ,

माना बात हमारी ये हरी।

 

जो तुहु जइबा पिया परदेशवा,

नइहर चली जाइब सुना मोर संदेशवा,

अरे रामा अकेले काटे धावे घरवा,

सुनी पड़ल दुआरी ये हरी।

– श्याम कुँवर भारती (राजभर) बोकारो,  झारखंड

Related posts

अपना पर्यावरण बचाएं – डॉ अणिमा श्रीवास्तव

newsadmin

तुलसी — मधु शुक्ला

newsadmin

गज़ल – झरना माथुर

newsadmin

Leave a Comment